जब से चुनाव आईल बा
नेता सब घबराइल बा
कइसो टिकट हो गए फाइनल
तबो मन डराइल बा
जब से चुनाव आईल बा
नेता जी कै होश में लाइल बा
भुलल सब गली मुहल्ला
धीरे धीरे याद आईल बा
जब से चुनाव आईल बा
नेता जी कै कॉलर टाइट बा
गली महुल्ला में घुमत समय
सगरो जनता अपनय बुझाइत बा
जब से चुनाव आईल बा
जनता के मन हरसाईल बा
कोरोना में जे नेता न पुछलें
ते दुआरे-दुआरे आईल बा
जब से चुनाव आईल बा
नेतन कै आपन भुलल वादा
जनता कै साथ किहल करनी
धीरे धीरे याद आईल बा
जब से चुनाव आईल बा
जनता कै मन हरसाईल बा
नेता जी कै करनी कय फल
अब हमनो सब सुनाइत बा
No comments:
Post a Comment